रविकिशन – चार सप्ताह चार फिल्म

कवनो फिल्म जगत में शायदे कभी भइल होखी कि कवनो एक अभिनेता के फिल्म लगातार चार सप्ताह तक हर शुक्रवार के रिलीज़ भइल होखे. बाकिर भोजपुरी फिल्मन के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन का साथ अइसने होखे जा रहल बा.

एह शुक्रवार यानी १८ जून के उनकर फिल्म रावण का रिलीज से रवि किशन एकर शुरुआत कर दिहले बाड़न. हालांकि रावण में रवि किशन मुख्य भूमिका में नइखन बाकिर उनकर भूमिका काफी दमदार बा. अगिला शुक्रवार यानी २५ जून के श्याम परवानी प्रस्तुति आ केडी निर्देशित फिल्म बलिदान रिलीज़ हो रहल बा. एह फिल्म में जैकी श्रोफ का साथे नयका अभिनेता राजीव दिनकर, आ रिंकू घोष मुख्य भूमिका में बाड़े. फेर २ जुलाई के रिलीज़ हो रहल बा कांस फिल्म फेस्टिवल में शामिल भइल भोजपुरी के पहिला फिल्म जरा देब दुनिया तोहरा प्यार में. एह फिल्म के निर्माण कइले बा अमेरिकन कंपनी पन फिल्म्स आ निर्देशित कइले बाड़न धीरज कुमार. रविकिशन के अगिला रिलीज़ होई श्रीमती रमा देवी प्रोडक्शन के अनिल सिंह निर्मित आ बबलू सोनी निर्देशित फिल्म सत्यमेव जयते. बिहार पुलिस के मनोबल बढावे वाली एह फिल्म में अनुपम श्याम, ब्रृजेश त्रिपाठी आ नवोदित अक्षरा मुख्य भूमिका में बावे लोग.

एह तरह लगातार चार सप्ताह तक हर शुक्रवार बॉक्स ऑफिस पर आपन मौजूदगी दर्शा के रविकिशन एगो रिकार्ड कायम कइले बाड़न.


(स्रोत : उदय भगत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..