भारतीय हाकी टीम विश्वकप 2014 ला क्वालिफाई कइलसि

नयी दिल्ली 04 नवंबर (वार्ता) भारतीय पुरूष हाकी टीम स्विट्जरलैंड के हेग मे अगिला साल होखे वाला राबोबैंक हाकी विश्वकप 2014 ला क्वालिफाई कर लिहलसि.

एह बात के पुष्टि अंतरराष्ट्रीय हाकी संघ आपन आधिकारिक विज्ञप्ति जारी क के क दिहले बावे. राबोबैक हाकी विश्वकप 31 मई से 15 जून ले हेग मे होखी. भारतीय पुरूष हाकी टीम रोटरडम मे छठवाँ स्थान पर रहल आ एकरा साथे विश्वकप 2014 खातिर क्वालिफाई कर लिहलसि.

अबही ले कुल 22 गो टीम क्वालिफाई क लिहले बाड़ी सँ आ अब बस दू गो जगहा खाली बाचल बा.

एह दु जगहा पर क्वालिफाई करे वाली टीम के फैसला केन्या मे 18 से 24 नवंबर ले होखे वाला अफ्रीका कप आफ नेशंस टूर्नामेट से होखी.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।