बनारस में बड़हन हादसा

वाराणसी के बेटावर घाट से करीब चालीस गो सवारी आ कुछ मोटरसाइकिलो लेके चुनार कोतवाली के गंगपुर घाट खातिर चलल मोटरबोट गंगा के बीच धार में डूब गइल. एह हादसा में करीब दू दर्जन लोग त पँवड़ केबाहर निकल आइल बाकिर 18 लोग डूब गइल. एहमें से एगो लाश मिल गइल बा आ बाकी लोग के तलाश जारी बा.

बतवल जात बा कि मोटरबोट के साइलेंसर टूट के नदी में गिर गइल आ बोट में पानी तेजी से भर गइल जवना से बोट डूब गइल. राज्य सरकार एह हादसा में मरे वालन के परिवार के दू दू लाख रुपिया मुआविजा देबे के एलान कइले बिया. प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी एह हादसा प दुख जतवले बाड़न.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..