चावल मिल मालिक बेहोश मिलले

करीब एक हफ्ता पहिले किडनैप भइल नोखा के श्रीखिडा निवासी चावल मिल मालिक मुकेश सिंह पिछला मंगल का रात में सासाराम टीसन पर डाउन धनबाद-लुधियाना ट्रेन के एगो बोगी से उतारल गइले. बेहोशी का हाल में मिलल मुकेश के एगो निजी अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
पुलिस किडनैप भइला का बादे से तफतीश में लागल रहुवे. मंगल का दिने मुकेश के घरवालन के मोबाइल प सनेसा मिलल कि मुकेश के ट्रेन में छोड़ दिहल गइल बा. केहु कुछ खास बतावत नइखे बाकिर एह तरह के मामिलन के असली हाल इहे रहेला कि फिरौती ले के बदमाश रिहा क देले सँ आ बाद में कुछ होखे हवाखे ना. बिहार अइसहूँ गँवे गँवे जंगल राज का तरफ लवटत लउके लागल बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..