दर्शकन के दिवाना बनवलन रंजीत सिंह

RanjitSingh-with-fansबिहार में सफलता का बाद मुंबई आ गुजरात में रिलीज भइल फिलिम ‘चरणों की सौगंध’ में एगो वकील के मजगर भूमिका निभाके रंजीत सिंह दर्शकन के मन मोह लिहले बाड़न.एह फिलिम के नायक सुपर स्टार खेसारी लाल यादव जब जब कानून के चंगुल में फँसत बाड़न तब तब कवनो ना कवनो कानूनी दाँव पेंच लगा के उनका के बचा लेत बाड़न रंजीत सिंह. जरुरत पड़ला प बढ़िया से हाथो गोड़ चला लेत बाड़न. एह दुनू कला पर दर्शक फ़िदा हो गइले त बरसात वाला गीत पर नायिका प्रिया सिंह संगे इनकर रोमांसो लोग के खूब मन भवले बा.

एह बात के सुबूत तब मिलल जब मुंबई के अँधेरी में नवरंग सिनेमा हाल में फिलिम देखे चहुँपल रंजीत सिंह के अपना बीच देखि दर्शक झूम उठले.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..