इलाहाबादी बाला अंजली श्रीवास्तव कच्चे धागे में बन्हा गइली
-

AnjaliShrivastava
चंचल चितवन, खनकत हँसी आ मोहक अदा से मोहित कर लेबे वाली अभिनेत्री अंजली श्रीवास्तव के अभिनय के जतने तारीफ कइल जाव, उ कमे रही. अजली अब ले अनेके भोजपुरी फिलिमन में अपना अभिनय से लोग के मोह लिहले बाड़ी आ ओह लोग का दिल में आपन जगहा बना लिहले बाड़ी.

उत्तर प्रदेश के इलाहाबाद जिला के मीरापुर (शास्त्री नगर) के रहे वाली अंजली श्रीवास्तव के घर में लोग प्यार से लवी कहि के बोलावेला. पिता प्रेम प्रकाश श्रीवास्तव सफल व्यवसायी हउवन त माता अध्यात्मिक स्वभाव के गृहिणी.

खेसारी लाल यादव संगे अंजली श्रीवास्तव के फिलिम ‘कच्चे धागे’ इलाहबाद के मान सरोवर सिनेमा हाल में रिलीज भइल बा.

निर्माता अनिल कुशवाहा, निर्देशक मंजुल ठाकुर. मुख्य कलाकार – खेसारी लाल यादव, स्मृति सिन्हा, अंजली श्रीवास्तव, मनोज टाईगर, गोपाल राय, प्रेम दूबे, किरण यादव, रतनेश बरनवाल आ संजय पाण्डेय.

अबही ले अंजली श्रीवास्तव के ‘दम होई जेकरा में ऊहे गाड़ी खूंटा’ आ ‘लहू के दो रंग’ रिलीज हो चुकल बा. फ़िल्म फेस्टिवल ला बनल ‘धानी का डी जी कैम’ नाम के हिंदी फ़िलिमो में सशक्त भूमिका में बाड़ी. अजली के रिलीज होखे वाली फिलिमन में ‘दिवानगी हद से’ आ ‘केहू त दिल में बा’ शामिल बाड़ी सँ.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts