‘दीवानगी हद से’ फिलिम के वितरक डा॰ सुनील

dewanagi-poster
बिहार के मशहूर फिलिम वितरक आ निर्माता अउर विधायक डाक्टर सुनील के कंपनी विजय लक्ष्मी इंटरनेशनल युवा निर्देशक दिनेश यादव के राकेश मिश्रा अभिनीत फिलिम ‘दीवानगी हद से’ के बिहार आ झारखण्ड में रिलीज करे के अधिकार भारी भरकम दाम दे के खरीदले बाड़न.

डाक्टर सुनील का बारे में कहाला कि जब ऊ कवनो फिलिम वितरित करेलें त ओकर प्रचार प्रसार करे प पूरा धेयान देलें. आ एहू फिलिम के प्रचार जम के करत बाड़े.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।