नेहा श्री के राजस्थान में ‘तांडव’ आ यूपी अउर दिल्ली में कहली ‘प्यार कवनो खेल ना ह’

tandavराजस्थानी सिनेस्टार नेहा श्री राजस्थानी का साथही हिन्दी, हरियाणवी, मैथिली अउर भोजपुरी फिलिमन में पूरा सक्रिय बाड़ी.

एह महीना मई में नेहा श्री के केन्द्रीय भूमिका वाली दू गो फिलिम रिलीज भइली स आ दुनू के कारोबार निकहा शानदार रहल. दुनू में नेहाश्री के अदाकारी के सराहल जात बा.

18 मई से राजस्थान में रिलीज राजस्थानी फिलिम ‘तांडव’ के बम्पर ओपनिंग मिलल आ अबहियों अनेके सिनेमाघर में फिलिम शानदार रूप से चलत बा. तांडव के लेखक निर्देशक लखविंदर सिंह आ निर्माता नन्दकिशोर मित्तल हउवन.

16 मई से उत्तर प्रदेश आ दिल्ली के अनेके सिनेमाघरन में नेहाश्री के भोजपुरी फिलिम ‘प्यार कवनों खेल ना ह’ रिलीज भइल. लोग एह फिलिम में नेहा श्री के कुशल अभिनय, मोहक अदा आ मनमोहिनी नृत्य खूबे पसंद कइले बा. निर्माता निर्देशक राकेश कुमार के एह फिलिम में नेहा श्री संगे भोजपुरी सुपर स्टार खेसारीलाल यादव आ नवोदित नायक गायक लाडो मधेशिया बाड़न.

नेहाश्री के एगो अउर फिलिम जल्दिए रिलीज होखे वाली बा भोजपुरी फिलिम ‘सजना मंगिया सजा द हमार’. मैनास प्रोडक्शन का बैनर में एह फिलिम के हलचल सिंह बनवले बाड़न आ ओम प्रकाश यादव निर्देशित कइले बाड़न.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।