मनोज तिवारी गंगा संकल्प लिहलन, शीतला मंदिर में माथा टेकलन

ManojTiwari-kesaria
उत्तर पूर्व दिल्ली संसदीय सीट से चुनाव जितला का बाद भोजपुरी गायक आ भोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार मनोज तिवारी पिछला शुक वाराणसी चहुॅपलन त ओहिजा उनकर जोरदार स्वागत भइल. क्रिकेट खिलाड़ी, गायक आ अभिनेता का बाद अब राजनेतो का रूप में बुलंदी प चहुॅपल मनोज तिवारी के जिनिगी में हमेशा वाराणसी खास रहल बा से हवाई अड्डा पर उतरते उ सबले पहिले ओह जगहन के प्रणाम कइलन जहां से उनकर जिनिगी के नया नया आ सफल रास्ता तय कइलन.

मनोज तिवारी बीएचयू से पढ़ाई कइलन आ एहिजा के क्रिकेट टीम के अहम सदस्य रहलन. उनका नेतृत्व में टीम अनेके जीत हासिल कइलसि. अस्सी घाट पर उनका संगीत साधना के प्रदर्शन होखत रहे आ एहिजे से उनकर नाम चमकल शुरु भइल. से अस्सी घाट चहुंप के ओहिजा के लोगन के आभार जतवलन. एहिजे एगो शो के दौरान टी सीरीज के प्रतिनिधि उनका के भजन गावे के आफर दिहले रहे.

एहिजा से मनोज तिवारी नाव से शीतलाघाट जा के मां शीतला के मंदिर में विधिवत दर्शन पूजन कइलन फेर गंगा के आचमन क के उनकर पीड़ा दूर करे के संकल्प लिहलन. शीतले घाट पर पहिला बेर मनोज तिवारी के आपन प्रतिभा देखावे के मौका मिलल रहे. एहीजे गावल उनकर भजन’शीतला घाट पर काशी में हम जाके शीश नवाई हो…’ बहुत मशहूर भइल आ ‘निबिया के डारी मैया…’ भजन उनका के बहुते प्रसिद्धि दिहलसि.

कौशलेशनगर जा के मनोज तिवारी अपना माई के गोड़ छू के आशीस लिहलन. चुनावी आपाधापी का चलते ढेर दिन बाद माई से मिले के मौका मिलल रहे से माहौल थोड़ देर ला भावुक हो गइल. मनोज कहेलन कि उनुका जिनिगी में माटी (वाराणसी आ कैमूर के) अउर माई के बड़ा योगदान रहल बा. बतवलन कि माईए का कहला पर भजन के कैसेट बनवले. माई उनकर मार्गदर्शक आ गुरु हई.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।