बॉलीवुड से कदमताल करे का तइयारी में वैष्णवी
-

Vaishnavi3
हीरा के परख जौहरी करेला आ जब जौहरी खानदान के बेटी अभिनेत्री हो जाय त कवन जौहर देखाई रउरा सोचियो ना सकीं!

बिहारी बाला वैष्णवी आज कवनो परिचय के मोहताज नइखी. देश दुनिया के तमाम मंचन पर आपन जौहर देखा चुकल बाड़ी. साथ ही ग्लोरी ऑफ इंडिया
इंटरनेशनल सम्मान आ भारत ज्योति नेशनल सम्मान से सम्मानितो भइल बाड़ी.

वैष्णवी एगो हिंदी धारावाहिक कृष्णा मूवीज बैनर के ‘हँसते रहो लड़ते रहो’ अशोक घोष के निर्देशन मे क चुकल बाड़ी. एह धारावाहिक के निर्मात्री चंदना घोष रहली. अब वैष्णवी एगो बहुते बड़ फिल्म प्रोडक्शन के हिंदी फिलिम करे जात बाड़ी. अबहीं एह फिलिम के नाम जाहिर नइखे कइल जात. एकर शूटिंग विदेशो में होखे वाला बा आ वैष्णवी मुख्य भूमिका मे नजर अइहें.


(कृष्ण कुमार)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts