‘भईल तोहरा से प्यार …’ में भारतीय नारी के किरदार में गुंजन पन्त

GunjanPant-VinayAnandचंचल चितवन, मधुर मुस्कान आ खनकत आवाज़ के धनी गुंजन पन्त के भोजपुरी सिनेमा में सफल अभिनेत्री मानल जाला. अपना पसंद का हिसाब से गुंजन कमे बाकिर बढ़िया आ नारी सम्मान वाली फिलिमे में काम करेली.

पिछला साल के सफल आ यादगार फिलिम ‘लक्ष्मण रेखा’ में गुंजन पन्त के किरदार लोग आजुओ नइखे भुलाइल. उ किरदार एगो घरेलू औरत के रहुवे जे एहु जमाना में अनपढ़ रहुवे आ आधुनिकता के चमक दमक से कोसो दूर. उ संस्कारवान आ गुणवान महिला कइसे आपन घर परिवार संभारत नारी के आन बान शान खातिर मंत्री बन के असामाजिक लोगन के खात्मा कइलसि.

अब बात कइल जाव ‘भईल तोहरा से प्यार – आई लव यू’ के त एह फिलिम में गुंजन पन्त गाँव के चुलबुली आ सिधवा लड़िकी के किरदार में बाड़ी. इहो किरदार लोग ढेर दिन ले याद राखी. नायक बाड़न विनय आनंद, निर्माता धर्मेन्द्र मौर्या आ निर्देशक शाद कुमार.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।