पीएम भाषण में उठवले तांत्रिक के मुद्दा

आजु अतवार का दिने सारण जिला के मढ़ौरा में भाजपा के चुनाव सभा के संबोधित करत पीएम मोदी कहलन कि परम आदरणीय लोकतांत्रिक नीतीश बाबू आ परम आदरणीय हिंदुस्‍तान के सबले बड़ तांत्रिक होखे के दावा करे वाला लालू जी, बिहार के जनता रउरा से पूछल चाहत बिया कि बिहार के नवहियन के बाहरी के बनावल. के एह लोग के बाहर धकेललसि आ के पिछला पचीस बरीस में बिहार के दू गो पीढ़ियन के बरबाद कर दीहल. कहलन कि बिहार खातिर उनुका लगे छह गो कार्यक्रम बा. बिहार खातिर बिजली, पानी आ सड़क अउर नवहियन खातिर पढ़ाई आ कमाई अउर बुजुर्गन ला दवाई. एही छह गो से बिहार के किस्मत बदली.
कुछ दिन पहिले पीएम के सभा ना होखे के मुद्दा बनावे वाला महागठबन्हन ला मुसीबत आ गइल बा कि अगिला छह दिन में पीएम मोदी बिहार में सतरह गो रैली करे वाला बाड़न. आजु अतवारे का दिने उनकर चार गो रैली बा. भाजपा अबकी के चुनाव जीतेला पूरा जोर लगवले बिया आ ओकर कोशिश बा कि भाजपा के अकेले बहुमत मिल जाव आ राजग के मिला के दू तिहाई बहुमत. बिहार के विकास आ स्थायित्वो खातिर जरूरी बा कि बिहार में कवनो एक दल के पूरा बहुमत मिल जाव. बाकिर चुनाव में कवनो दोसर दल एह हाल में नइखे कि ऊ पूरा बहुमत के सपनो देख सको. अगर जदयू भा राजद सगरी सीट पर जीतियो जाव त अकेले सरकार ना बना पाई लोग. काहे कि दुनू दल महज 101 सीट से लड़त बाड़ी सँ.

0 Comments

Submit a Comment