शनिचर अधरतिया से पेट्रोल 50 पइसा सस्ता बाकिर डीजल जस के तस

काल्हु अधरतिया से तेल कंपनी पेट्रोल के दाम में पचास पइसा हर लीटर पर कमी क दिहले बाड़ी सँ बाकिर डीजल के दाम में कवनो कमी नइखे कइल गइल. दुनिया के बाजार में आवत कच्चा तेल के दाम में गिरावट का चलते एक कटौती के गुंजाइश बन गइल रहे. पेट्रोलियम कंपनी सभ हर पन्दरहिया कच्चा तेल के अंतरराष्ट्रीय दाम देखत घरेलू बाजार ला ईंधन के दाम तय करेली सँ.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।