भारत के कवनो प्रधानमंत्री के ब्रिटेन में सबले शानदार स्वागत मिलल मोदी के

PM_Modi_addressing_BritishParliamentकाल्हु ब्रिटेन के तीन दिन के सरकारी दौरा पर चहुँपल भारत के प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के शानदार स्वागत भइल. ओहिजा के प्रधानमंत्री डेविट कैमरन हर जगहा मोदी का साथे रहलन. पत्रकार सम्मेलन में एगो सवाल का जवाब में पीएम मोदी कहलन कि भारत में कवनो तरह के असहिष्णुता नइखे आ भारत सरकार सभरक साथ सभकर विकास के नीति पर चलत बिया. एगो अउरी पत्रकार के पूछला पर पीएम मोदी कहलन कि आपन जानकारी दुरुस्त कर लीं सभे कि मोदी साल 2003 में ब्रिटेन आइल रहलन आ ब्रिटेन के सरकार उनका आवे पर कवनो तरह के रोक कबो ना लगवले रहुवे.

काल्हु ब्रिटिश संसद के संयुक्त सत्र के संबोधन करत पीएम मोदी दुनू देश का बीच के गाढ़ आ पोढ़ संबंध के जिक्र कइलन. भारत के कवनो प्रधानमंत्री आजु ले ओहिजा के संसद में संबोधन ना दिहले रहले आ पहिला बेर ई मौका मोदी के मिलल. ई अउरी खास एहसे हो गइल कि आजुकाल्हु ओहिजा के संसद के सत्र नइखे चलत आ संयु्क्त सत्र खास क के पीएम मोदी के संबोधन करे ला बोलावल गइल रहुवे.

काल्हुए दुनू देश का बीच असैनिक परमाणु करार पर दस्तखतो हो गइल जवन कि दुनू देश के आपसी संबंध के गहराई देखावत बा. डेविड कैमरन कहलन कि ब्रिटेन चाहत बा कि सुरक्षा परिषद में भारत के स्थायी सीट मिल जाव. एह समर्थन ला पीएम मोदी उनुका के धन्यवाद दिहलन.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।