एही साल से बलिया के चन्द्रशेखर विश्वविद्यालय शुरु करावे क माँग

jhunnu
बुध का दिने रुक रुक के होखत बरखा बूनी का बावजूद बलिया टीडी कॉलेज के मनोरंजन हॉल में बलिया भर के छात्रनेता लोगन के जुयान भइल. एहिजा पुरनिया होखत गइला का बावजूद छात्रनेता बनल रहेवाला आ पूर्वांचल छात्रसंघर्ष समिति के संयोजक नागेन्द्र सिंह झुन्नू का अगिअई में सरकार से मांग कइल गइल कि एही साल से कुलपति बहाल क के बलिया के चन्द्रशेखर विश्वविद्यालय शुरु करा दीहल जाव.

एह छात्र लोग के चिन्ता बा कि निर्माण ला घन जारी हो गइला का बावजूद अब ले काम शुरु नइखे भइल. एह चलते लागत बा कि कहीं ई महज एलाने बनि के मत रहि जाव.

एह समारोह के अध्यक्षता तीन जने मंडल बना के कइलें. एह अध्यक्ष मंडल में विवेक पाठक, दिलीप सिंह आ नितेश सिंह शामिल रहलन. मानवेन्द्र विक्रम सिंह के लगातार तिसरका साल बलिया जिला छात्र संघर्ष समिति के संयोजक चुनल गइल.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।