Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

टटका खबर, बियफे, ५ अगस्त

खेल से पहिले खेला शुरु हो गइल

कॉमनवेल्थ गेम्स शुरु होखे से पहिले बरखास्तगी आ इस्तीफा के खेला शुरु हो गइल बा. जस जस तारीख नियराता तस तस नया नया भ्रष्टाचार के खबर बहरी निकलल जात बा. आजु आयोजन समिति के दू गो पदाधिकारियन, टी एस दरबारी आ संजय महिन्द्रू, के निकाल दिहल गइल जवना लोग के नाम खास कर के सामने आइल रहे. समिति के कोषाध्यक्ष अनिल खन्नो इस्तीफा दे दिहले जब ई कबर सामने आइल कि उनका बेटा के टेनिस कोर्ट बिछावे के ठीका मिलल बा. खेल अबही चालू रही काहे कि अउरियो खबर सामने आवे वाली बाड़ी स.

वित्तमंत्री का लगे मार्केटिंग के कॉल चहुँपल त संचार मंत्री के कान खड़ा हो गइल

आम आदमी जमाना से टेलीमार्केटिंग वालन से परेशान बा जे टाइम कुटाइम फोन कर कर के परेशान करत रहेले स. कहे के त व्यवस्था बा कि डू नाट डिस्टर्ब में आपन नंबर चढ़वा लीं बाकिर कई बेर कोशिशो का बाद हमार नंबर ना चढ़ सकल. अब जब वित्तमंत्री प्रणव मुखर्जी के टेलीमार्केटिंग वाला फोन चहुँपल त संचार मंत्री ए॰ राजा आदेश जारी कर दिहलन कि एह पर रोक लगावल जाय. मजा के बात ई रहल कि वित्त मंत्री के जवन फोन मिलल रहे ऊ उनका के घर खरीदे के कर्जा देबे के बात करत रहुवे!

मुस्लिम सशक्तिकरण के पैरवीकार बनल भाजपा

भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष नीतिन गडकरी प्रधानमंत्री के चिट्ठी भेज के उनकर ध्यान वक्फ संपत्ति के लूट खसोट रोके का तरफ दिअवले बाड़न. उनकर कहना बा कि अगर सवा लाख करोड़ के बक्फ संपत्ति के सही इस्तेमाल कइल जाव त सालाना बारह हजार करोड़ तक के आमदनी हो सकेला जवना से मुसलमानन के सशक्तिकरण खातिर स्कूल कालेज खोलल जा सकेला, रोजगारपरक शिक्षा डिआवल जा सकेला. बाकिर सवाल ई बा कि वक्फ संपत्ति के सही इस्तेमाल होखे लागे त मुस्लिम राजनीति कइसे चली, दोसरे आ फेर हिन्दू धार्मिक संस्थानन के आमदनी के इस्तेमालो के सवाल उठी, ओकरा पर का कहब?

जरदारी के इंगलैण्ड यात्रा में शतरंजी चाल

पाकिस्तान में हो रहल विरोध का बावजूद जरदारी इंगलैण्ड पहुँच गइले बाकिर ऊ प्रधानमंत्री कैमरुन का सरकारी आवास पर ना रुकिहें. अइसन कर के ऊ अपना तरीका से विरोध जता दिहले. दोसरा तरफ पाकिस्तानी मूल के ब्रिटिश सांसद जरदारी से भेंट करे ना गइले आ कहले कि उनका पाकिस्तान वापिस चल जाये के चाहीं जहवाँ बाढ़ से तबाही भइल बा. एगो दोसरा खबर में बतावल गइल बा कि पाकिस्तान के प्रधानमंत्री गिलानी जब बाढ़ वाला इलाकन के दौरा पर गइले त एगो नकली शिविर लगा के उनका से सहायता के चेको बटवा दिहल गइल.

सोन नदी के पानी के बेजा इस्तेमाल पर यूपी सरकार के नोटिस भेजल गइल

एगो याचिका से जब पटना हाईकोर्ट के मालूम भइल कि सोन नदी के पानी के यूपी सरकार रोक लिहले बिया आ ओकरा के बिजली बनावे खातिर एनटीपीसी के सि्गरौली प्लान्ट खातिर भेज देत बिया त कोर्ट यूपी सरकार के नोटिस भेज के पूछले बिया कि ऊ बतावे कि अइसन काहे भइल. देश के जल नीति का मुताबिक सोन नदी के पानी पिये खातिर, सिंचाई खातिर, जल विद्युत उत्पादन खातिर, जल परिवहन खातिर इस्तेमाल होखला का बाद बचे तबे कवनो थर्मल प्लाण्ट के दिहल जा सकेला.

खाली दहेज मँगला खातिर सजा ना दिहल जा सके

एगो मुकदमा में फैसला देत सुप्रीम कोर्ट कहले बा कि खाली दहेज मँगला खातिर केहू के सजा ना दिहल जा सके. ई साबित होखल जरुरी बा कि महिला के मौत से ठीक पहिले ओकरा पर दहेज खातिर अत्याचार कइल गइल रहे जवना चलते ओह महिला के मौत हो गइल. एगो दोसर खबर ई बा कि केन्द्र सरकार कानून बनावे जा रहल बिया जवना का बाद इज्जत का नाम पर अपना बेटी बहिन के हत्या करे वालन के कड़ा सजा दिहल जा सकी.

काश्मीर समस्या पर बतियावे खातिर आडवाणी मनमोहन सिंह से भेंट कइलन

काश्मीर में चल रहल लगातार हिंसा से चिन्तित लालकृष्ण आडवाणी आजु प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह से भेंट कइलन आ सलाह दिहलन कि काश्मीर के हालात काबू में ले आवे खातिर केन्द्र के दखल देवे के चाहीं. भाजपा एह बाति से अउरी चिन्तित बिया कि अलगाव वादी आ बवालियन का दबाव में सरकार काश्मीर में सेना के मौजूदगी कम करे जा रहल बिया. उनका साथे सुषमा स्वराज आ अरुण जेटली ओ रहलन.

ट्विन टावर वाली जगहा पर मस्जिद बनावे के विरोध हो रहल बा

अमेरिका का न्यूयार्क शहर में मुस्लिम आतंकी हमला में बरबाद हो गइल ट्विन टावर वाली जगहा पर एगो मस्जिद खड़ा करे के ओहिजा के लोग बहुते विरोध कर रहल बा. कहत बा लोग कि एकरा से ओह हमला में मराइल लोग के अपमान होखी.

अमेरिका का फायदा खातिर ओबामा भारत आ चीन के मुकाबिला करीहें

अमेरिका के राष्ट्रपति बराक ओबामा एह बात पर चिन्ता जतवले बाड़न कि कुछ कंपनी अपना मुनाफा खातिर अमेरिका के नागरिकन से रोजगार छीन के कम तनखाह पर काम करे के तइयार भारतीय आ चीनी कामगारन के दे रहल बाड़े. ओबामा कहलन कि प्रदूषण मुक्त उर्जा खातिर पैदा होखे वाला रोजगार के अमेरिका से बाहर ना जाये देबे खातिर ऊ हर वाजिब काम करीहन. एही चलते अमेरिका के व्यापार कानूनन में बदलाव ले आवल जा रहल बा.

खेल का दुनिया से

श्रीलंका के ४२५ रन का जवाब में भारत अपना पहिला पारी में ४३६ रन बनवलसि आ ओकरा बाद श्रीलंका के दूसरका पारी में ४५ रन दे के दू गो विकेट चटका दिहलसि. वीरेन्द्र सहवाग आपन सेंचुरी त बनइबे कइलन अपना गेंदबाजी से श्रीलंका के दू गो विकेटो चटका दिहलन.

हॉकी इण्डिया का चुनाव में परगट सिंह के हरा के ८२ साल के विद्या स्टोक्स जे अन्तरिम अध्यक्ष रहली फेर से अध्यक्ष चुना गइल बाड़ी. विद्या स्टोक्स राजनीति के खिलाड़ी हई

खेल मंत्रालय एशियाई खेल के प्रस्ताव ठुकरा दिहलसि. कहलसि कि अतना बड़ आयोजन के निर्णय बहुते सोच विचार के कइल जाला. भारतीय ओलम्पिक संघ २०१९ का एशियाई खेलन खातिर दावा करे चाहत रहुवे.

0 Comments