पवन सिंह के अनोखा रिकार्ड

सावन के पावन महीना में भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार पवन सिहं के गायकीओ के जलवा दर्शकन आ सुनेवालन के छाप लिहले बा. पवन सिंह के नयका भोजपुरी अलबम आई एम बाबा के काँवरिया एगो अनोखा रिकार्ड बना दिहले बा.


भगवान भोलेनाथ के वंदना आ काँवरिया भक्तन खातिर मनोरंजन के सैलाब लेके आइल एह अलबम के सावन का पहिलके हफ्ता में २ लाख आडियो आ विडियो सीडी बिकाये के रिकार्ड बन गइल बा. टी सीरीज से जारी एह अलबम में पवन सिंह के एगारह गो मधुर गीत बाड़ी स जवना में से सईंया कनवे पर डमरु बजावेलाबीस सौ बारह में धरती ना रही, बता दऽ ए बाबा झूठ हऽ कि सही बहुते पसन्द कइल जा रहल बा.

विनय बिहारी के लिखल गीत आ मधुकर आनन्द के संगीत से सजल एह अलबम के लोकप्रियता के आलम ई बा कि बाबा के नगरिया से ले के बिहार आ यूपी सगरो एकरे धूम मचल बा. टी सीरीज के बिहार वितरक राजू सिंह बतवले कि कैसेट आवे का पहिलके दिने उनका दूकान से पचास हजार कैसेट बिका गइल रहुवे.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त )

1 Comment

  1. omprakash amritanshu

    चलो कांवरिया झूम -झूम के ,लागल बाटे मेला |
    आलबेला गाना बाजत बाटे,लोगवा झुमेला ||

    झरे इमरितवा ,पवन सिंह के सुरवा से ,
    मीठे -मीठे सजल बाटे,मधुकर के धुनवा से ,
    बिनय बिहारी लिखलें गीतिया ,कैसेट खूब बिकेला |
    आलबेला गाना बाजत बाटे,लोगवा झुमेला ||
    गीतकार
    ओ.पी .अमृतांशु

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *