मॉरीशस में होखे जा रहल बा अंतराष्ट्रीय भोजपुरी फिल्म अवार्ड

BhojpuriFilmAwards-Mauritius-2015
6 जून के भोजपुरी फिल्म उद्योग के पहिलका अंतराष्ट्रीय अवार्ड ‘बीआईएफए’ मॉरीशस में आयोजित कइल गइल बा. मॉरीशस के पोर्टलूइस के स्वामी विवेकानंद हॉल में 2014 के भोजपुरी सिनेमा के सर्वश्रेष्ठन के सम्मान कइल जाई. एकर आयोजन यशी फिल्मस् प्रा०लि० अउर एमजीटी वर्ल्डवाईड वन लिमिटेड का तरफ से करावल जा रहल बा.

बतावल जात बा कि एह समारोह में कुणाल सिंह, मनोज तिवारी ‘मृदुल’, रवि किशन, दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’, पवन सिंह, खेसारीलाल यादव, प्रवेशलाल यादव, रानी चटर्जी, आम्रपाली, मधुशर्मा, शुभी शर्मा, स्मृति सिन्हा, अक्षरा सिंह, सारा शर्मा, उर्वर्शी चौधरी, वगैरह कलाकार, लोक गायिका कल्पना अउर देवी, भाजपा सांसद संजय जयसवाल, इम्पा अध्यक्ष टी०पी० अग्रवाल, निर्माता अभय सिन्हा, सुजीत तिवारी, राहुल कपुर, शंकर रोहड़ा, निदेशक राज सिप्पी, असलम शेख, अजय श्रीवास्तव, अभिनेता ब्रजेश त्रिपाठी, प्रकाश जैस, प्रचारक निशांत उज्जवल (प्रशांत निशांत) खास रूप से शामिल होखीहें.

एह समारोह में मॉरीशस के प्रधानमंत्रीओ आवे वाला बानी. यशी फिल्म्स के अभय सिन्हा के मुताबक भोजपुरी सिनेमा ला ई सम्मान के बात बा. आयोजन के सगरी तइयारी हो चुकल बा आ एकरा से भोजपुरी सिनेमा उद्योग में खुशी के माहौल बा.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।