बिहार दिवस समारोह के तइयारी

मंगल २२ मार्च से शुरु होखे जा रहल तीन दिन के समारोह के तइयारी अब आखिरी चरण में बा. मुख्य समारोह पटना के गाँधी मैदान में होखी आ कुछ कार्यक्रम श्रीकृष्ण मेमोरियल हॉल, तारामंडल, रवीन्द्र भवन आ कालिदास रंगालयो में करावल जाई. एह मंगल के बिहार अपना बनला के निनानबे बरीस पूरा कर के सउवाँ बरीस में डेघ धरी. एह मौका के शानदार ढंग से मनावे खातिर गाँधी मैदान के कवनो दुलहिन जइसन सजावल गइल बा. मोना सिनेमा हाल में भोजपुरी फिल्मोत्सव मनावल जाई त कालिदास रंगालय में नाट्य समारोह. एह मौका पर बिहार के कलाकारन आ जेपी आन्दोलन के खास कार्यकर्ता लोगन के सम्मानित करे के फैसला लिहले बिया सरकार.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।