"बिग बॉस" के असली दबंग बाड़े मनोज तिवारी

कलर टीवी चैनल पर देखावल जा रहल रियलिटी शो ” बिग बॉस सीजन फोर” में शामिल मनोज तिवारी अपना भोजपुरिया दाँव पेंचन से सबका के धूर लगा दिहले बाड़न. बिग बॉस के घर के कप्तान बनलन त कुश्ती लड़ लिहलन आ रिशान्त के फाइनल में हरा के मुकाबिला जीत लिहलन. रेफरी बनल खली मनोज तिवारी के दाँव पेंच देख भोजपुरिया अन्दाज का बारे में सोचे के मजबूर हो गइलन.

एह कुश्ती प्रतियोगिता के जीतला का बाद खुद बिग बॉस के कहे पड़ल कि कि मनोज तिवारी “बिग बॉस” के असली दबंग हउवें आ ऊ राजनीति से ले के कुश्ती तक हर फील्ड में दबंग बाड़े. एह दौर का बाद लागे लागल बा कि “बिग बॉस सीजन फोर” के बिग बॉस बन के रहीहें मनोज तिवारी.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..