उपचुनाव का बाद यूपी में बड़का अधिकारियन के तबादला

लखनऊ 17 मार्च (वार्ता). लोकसभा उपचुनाव के भोटगिनाई का दौरान सवालन का घेरा में आइल गोरखपुर के जिलाधिकारी राजीव रौतेला समेत 37 गो आईएएस अधिकारियन के तबादला आदेश जारी हो गइल बा.

अधरतिया का बाद जारी भइल एह आदेश में गोरखपुर के जिलाधिकारी राजीव रौतेला के देवी पाटन मण्डल के आयुक्त, कानपुर विकास प्राधिकरण के उपाध्यक्ष विजयेन्द्र पांडियान के गोऱखपुर के जिलाधिकारी, राजीव कपूर के पिकप अध्यक्ष, बरेली के जिलाधिकारी रहल राघवेन्द्र विक्रम सिंह के कृषि उत्पादन आयुक्त शाखा में विशेष सचिव, चन्द्र भूषण के अलीगढ़ के जिलाधिकारी, शिवाकांत त्रिवेदी के आजमगढ़ के जिलाधिकारी, विशाख के चित्रकूट के जिलाधिकारी, प्रशिक्षण अउर सेवायोजना के निर्देशक रहल राजेन्द्र प्रसाद के भदोही के जिलाधिकारी, कृष्णा करुणेश के बलरामपुर के जिलाधिकारी, प्रमोद कुमार उपाध्याय के हापुड़ के जिलाधिकारी, हेमंत कुमार के अमरोहा, नवनील सिंह चहल के चंदौली, अमित कुमार सिंह के सोनभद्र, उद्योग विभाग के अपर निदेशक रहल रमाशंकर मौर्य के हाथरस, शीतल वर्मा के सीतापुर, वीरेन्द्र कुमार सिंह के बरेली, यूपी रोडवेज के अपर प्रबंध निदेशक रहल भवानी सिंह के बलिया, डॉ अखिलेश कुमार के पीलीभीत, आ अमरनाथ उपाध्याय के महराजगंज के जिलाधिकारी बनाके
भेजल गइल बा.
बलरापुर के जिलाधिकारी रहल राकेश कुमार मिश्र अब सचिवालय में विशेष पद पर, बलिया के जिलाधिकारी रहल सुरेन्द्र विक्रम सिंचाई विभाग में विशेष सचिव, सीतापुर के जिलाधिकारी डा0 सारिका मोहन अब सिंचाई विभाग में विशेष सचिव, आ अपर मुख्य सचिव राजेंद्र कुमार तिवारी के वाणिज्य कर अउर मनोरंजन कर से हटावत उनुका वर्तमान पद श्रम अउर सेवायोजन पद पर बनवले राखल गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।