भदोही में ट्रक से कचरा के एगो लडिकी के मौत

(प्रतीक फोटो)

भदोही, 17 मार्च (वार्ता). भदोही शहर कोतवाली इलाका के चौबेपुर मोड़ का लगे आजु सबेरे एगो तेज रफ्तार ट्रक एगो लड़िकी के कचार दिहलसि.

बतावल जात बा कि दुलमदासपुर बौलिया गांव के परवेज आलम अंसारी के 22 बरीस के बेटी जैनब बानो बीए फाइनल के छात्रा रहुवे. आजु ऊ अपना पड़ोस के एगो लड़िका तौसिफ का साथे मोटरसाइकिल से इम्तिहान देबे जात रहुवे. ओही मोटरसाइकिल पर तौसिफ के बहिनो बइठल रहल. जयरामपुर प्रजापतिपुर का लगे चौबेपुर मोड़ का लगे मोटरसाइकिल अनबैलेंस हो के पलत गइल. ओही समय पीछे से आवत एगो ट्रक जैनब के कचार दिहलसि. हादसा का बाद ट्रक छोड़ के चालक फरार हो गइल.

एह बारे में भदोही कोतवाली में मुकदमा दर्ज करावल गइल बा. खिसियाइल लोग भदोही-औराई मार्ग पर जाम लगा दीहल आ ट्रक पर पथराव क के ओकरा के नुकसान चहुँपावल. बाद में शहर कोतवाल एम.के पाण्डेय लोग के समुझआ बुझा के जाम हतववलन.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *