बिहार आ यूपी में आबादी बढ़े के रफ्तार घटल

जनगणना २०११ के शुरुआती आँकड़ा से पता लागत बा कि यूपी बिहार समेत देश के आठ गो राज्य में आबादी बढ़े के रफ्तार में कमी आइल बा. नयका जनगणना में यूपी के आबादी २० करोड़ आ बिहार के आबादी साढ़े दस करोड़ बतावल गइल बा.महाराष्ट्र के आबादी सवा एगारह करोड़ बतावल गइल बा. इहो देखल जा रहल बा कि लड़िकियन के संख्या घटल जात बा जवन कि सभका खातिर चिन्ता के बात होखे के चाहीं आ जवन बतावत बा कि सरकार के सगरी प्रयास बेकार जा रहल बा. चुनु चुन के लड़िकियन के भ्रूण हत्या हो रहल बा.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।