गइले सुरुज, हाय छोड़ि मैदनवाँ

– हीरा लाल ‘हीरा’

जड़वा लपकि के धरेला गरदनवाँ
देंहियाँ के सुई अस छेदेला पवनवा !

नस -नस लोहुवा जमावे सितलहरी
सुन्न होला हाथ गोड़, ओढ़नो का भितरी
थर- थर काँपs ताटे सगरे बदनवाँ !
देहिया के सूई अस छेदेला पवनवा !

धइलस उखिया के, अझुरा के लासा
चीनी मिल-मलिकन क होखेला तमासा
पालि-पोसि उखिया के, फूँकेला किसनवा !
देहिया के सूई अस छेदेला पवनवा !

करजा क खाद-बीज, कर्जे क खेती
निमनो जजतिया प’ चढ़ि गइल रेती
हमरी बिपतिया प’ हँसेला जमनवाँ !
देहिया के सुई अस छेदेला पवनवा !

दिनवाँ दुबर लागे, रतिया मोटाइल
ओकरा अन्हरिया में चनवों हेराइल
गइले सुरुज हाय, छोड़ि मैदनवाँ !
देहिया के सुई अस छेदेला पवनवा !!

2 Comments

  1. amritanshuom

    बहुत बढ़िया रचना…

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..