देश के पिछड़ल जिलन में तेजी से मॉडल कालेज खोलल जाव

नयी दिल्ली, 17 जुलाई (वार्ता). केन्द्र सरकार देश के 117 गो पिछड़ल जिलन में शिक्षा के स्तर बढ़ावा खातिर 1700 करोड़ रुपिया लगा के 70 गो नया मॉडल कालेज खोले जा रहल बिया आ 29 गो मौजूदा कालेजन के विकसित क के ओहनिओ के मॉडल डिग्री कालेज बनावे जा रहल बिया. एकरा अलावे सात गो नया प्रोफेशनलो कालेज खोलल जइहें सँ.
मानव संसाधन विकास मंत्री प्रकाश जावड़ेकर एह योजना के तेजी से लागू करे के निर्देश सगरी राज्यन के दिहले बिया. एह बाबत सोमार के दिने ऊ वीडियो कांफ्रेंसिंग क के राज्यन के शिक्षा मंत्रियन अउर सचिवनो के संबोधित कइलें.
स्कूली शिक्षा के उल्लेख करत जावड़ेकर कहलन कि छात्रावन ला अलगा शौचालयन के बनाव आ ओहनी के रखरखाव ला निकहा राशि के इन्तजाम कइल गइल बा. आ एकरा के खरच करे ला पंचायती राज संस्थन के अधिकृत कइल गइल बा.
राज्य सरकारन से मानव संसाधन विकास मंत्री प्रकाश जावड़ेकर निहोरा कइलन कि ऊ सरकारी स्कूलन में बिजली के उपलब्धता सुनिश्चित करसु. कहलन कि कुछ स्कूलन में बिजली बिल बकाया रहला का चलते बिजली काट दीहल जाला. राज्य सरकारन के चाहीं कि बिजली बिलन के भुगतान समय पर कर देसु आ बिजली वितरण कंपनियन के चाहीं कि सरकारी स्कूलन के घरेलू कनेक्शन के दर से बिजली आपूर्ति करसु. काहे कि सरकारी स्कूल लाभ कमाए वाला संस्थान ना हईं सँ आ ओहिजा विद्यार्थियन के बिना फीस लिहले पढ़ावल जाला.
मानव संसाधन विकास मंत्री प्रकाश जावड़ेकर के इहो कहना रहल कि देश में शिक्षकन के कवनो कमी नइखे. समस्या ओह लोग के उचित तैनाती में बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।