मशहूर अभिनेत्री रीता भादुड़ी के निधन

नयी दिल्ली, 17 जुलाई (वार्ता). फिलिमन आ टेलीविजन धारावाहिकन में अक्सर माई भा दादी के किरदार करे वाली मशहूर अभिनेत्री रीता भादुड़ी के निधन मंगल का फजीरे हो गइल. 62 बरीस के हो गइल रीता भादुड़ी एने ढेर दिन से किडनी से जुड़ल बीमारी से पीड़ित रहली ह.
टेलीविजन धारावाहिक कुमकुम में उनुकर सहयोगी कलाकार रहल शिशिर शर्मा आजु एकर जानकारी सोशल मीडिया पर दिहलें आ लिखलें कि बहुते दुख से बतावत बानी कि रीता भादुडी अब हमहन का बीचे ना रहि गइली आ उनुकर अंतिम संस्कार दुपहरिया बाद मुंबई के अंधेरी ईस्ट श्मशान घाट, पारसी वाडा रोड़, छाकला में कइल जाई. हमनी के एगो नीमन इंसान गँवा दिहनी जा जे हमरा ला एगो महतारिए जस रहली.
रीता भादुड़ी पिछला दस दिन से अस्पताल में भर्ती रहली. रीता भादुड़ी बीसन टेलीविजन धारावाहिकन में काम कइले जवना में खास रहल साराभाई वर्सेज साराभाई, आ अमानत और कुमकुम. हाल ही में ऊ स्टार भारत के धारावाहिक “निमकी मुखिया” में दादी के रोल में लउकल रहली.
ऊ फिल्म एंड टेलीविजन इंस्टीट्यूट ऑफ इंडिया (एफटीआईआई), पुणे के 1973 बैच के स्नातक रहली आ ढेर दिन से गुजराती फिलिमन से जुड़ल रहली जबकि गुजरात से उनुकर दोसर कवनो नाता ना रहुवे. बाकिर अपना अदाकारी से रीता भादुड़ी गुजराती फिलिमन में आपन खास जगहा बना लिहले रही. 1970 से 1990 के दशक में रीता भादुड़ी कईएक बॉलीवुड फिलिमन में काम कइले रही. एहमें ‘सावन को आने दो (1979)’ आ ‘राजा (1995)’ समेत 70 गो से बेसी फिलिमन में उनुकर किरदार रहुवे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।