अद्भुत अद्भुतम अद्भुतास

जिन्दगी झण्ड बा फिर भी घमंड बा जइसन डॉयलाग सुनते दिमाग में जवन नाम उभरे ला तवन होला भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपर स्टार रविकिशन के. अब उनकर दोसर डॉयलाग वइसहीं लोकप्रिय होखल जा रहल बा अद्भुत अद्भुतम अद्भुतास के. एकरो जन्मदाता रविएकिशन बाड़े.

भोजपुरी के लोकप्रिय मनोरंजन चैनल “महुआ टीवी” के रियलिटी शो सुरसंग्राम २ बतौर जज शामिल रविकिशन जब कवनो प्रतिभागी खातिर ई बात कहेलन त ओकरा खातिर ई संजीवनी बनि जाला. एकर फायदा शो के टीआरपी बढ़ावहू में मिल रहल बा. छोटका परदा पर टीआरपी ले आवे खातिर मशहूर रविकिशन सुर संग्राम सीजन वन का आखिरी दस एपिसोड में शामिल भइले त शो के टीआरपी तिगुना हो गइल रहे. एही चलते चैनल के कोशिश रहुवे कि रविकिशन शुरुआते से रहस. चैनल के ई फैसला सफल साबित भइल बा काहे कि सुर संग्राम २ के शुरुआती टीआरपी बढ़िया रहल बा.

महुआ चैनल के सीईओ पंकजो तिवारी के मानना बा कि रविकिशन का अंदाज से शो आ चैनल दुनु के फायदा हो रहल बा. बहरहाल रविकिशन बिहार यूपी के नवहियन के एगो नया तकिया कलाम अद्भुत अद्भुतम अद्भुतास त देइये दिहले बाड़न.


(स्रोत : उदय भगत)

1 Comment

  1. MEERA GUPTA , W/O DINESH CHANDRA GUPTA

    is sabd ka koi jor nahi he ”अद्भुत अद्भुतम अद्भुतास” dhany ho RAVI jo ki bhojpuri me ak naya nam diya.
    aap ka
    MEERA GUPTA

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।