Pappu Yadav again put behind bars

पिछला तीन महीना से पुलिस के चकमा देत राजद के पूर्व सांसद राजेश रंजन उर्फ पप्पू यादव के पुलिस गुड़गाँव के एगो निजी अस्पताल से गिरफ्तार कर लिहलसि. ओहिजा से पप्पू यादव के पटना ले आइल गइल आ सीबीआई के विशेष न्यायाधीश का सोझा हाजिर करा के न्यायायिक हिरासत में बेउर जेल भेज दिहल गइल.

राजेश रंजन पूर्णिया के माकपा सांसद अजीत सरकार के हत्या का आरोप में उमिर कैद के सजा दिहल गइल रहुवे बाकिर ऊ पटना हाई कोर्ट से जमानत ले लिहले रहन. सुप्रीम कोर्ट एह जमानत के रद्द कर दिहले रहे बाकिर तब से पुलिस उनका के गिरफ्तार ना कर पवले रहुवे. जब कोर्ट आपन नाराजगी जाहिर कइलसि तब जा के पप्पू के गिरफ्तार कइल गइल बा.

Ex MP Rajesh Ranjan alias Pappu Yadav was arrested on Monday from a hospital in Gurgaon. He was traceless for last three months and Supreme Court had taken strong notice of it as it has rejected his bail granted by Patna Hogh Court.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *