Sonia Nitish wrangle over the development funds

Sonia says Bihar has developed with the funds provided by the centre while Nitish debukes this claim. He has asked her to give the details of the funds ggiven to Bihar. According to Nitish development of Bihar has been done with its own funds.

बिहार के विकास में केन्द्र के धन लागल बा, कहे वाली सोनिया गाँधी से बिहार के नेता तरह तरह के सवाल पूछ रहल बाड़न. दू दिन पहिले भाजपा नेता नन्द किशोर यादव कहले रहले कि केन्द्र के धन इटली से ना आवे आ केन्द्र का धन पर बिहारो के हक होखेला, कवनो सेतिहा में ना दिहल जाला बिहार के धन.

अब मुख्यमंत्री नीतीश कुमार सोनिया गाँधी से पूछले बाड़न कि बढ़िया रहित कि ऊ बतईती के केन्द् कतना धन कवना मद में दिहलसि. खालि दावा कइला से काम ना चली, नीतीश के कहनाम बा कि केन्द्र बिहार के अनदेखी करेला आ ओकरा के जायजो हक ना मिल पावे. तबहियो बिहार अपने बल बूते अपना विकास के काम में लागल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *