खबर एक नजर में (11 जुलाई 2011)

कालका एक्सप्रेस दुर्घटनाग्रस्त सौ आदमी मरले

काल्हु फतेहपुर जिला के मलवां स्टेशन का लगे हावड़ा से कालका जात कालका मेल के इंजन आ तेरह गो डिब्बा पटरी से उतरि के पलटि गइल आ एक दोसरा में गुत्मथगुत्था हो गइल जवना में करीब एक सौ सवारियन के मरे के अनेसा बतावल गइल बा हालांकि सरकारी तौर पर सत्तर आदमी के मौत मानल गइल बा. रेल मंत्रालय के काम आजुकाल्हु हमनी के प्रधानमंत्री का जिम्मे बा आ उहाँ के जिम्मेदारी से पूरा देश अबले परिचित हो चुकल बा. अबहीं ऊ मंत्रियन के फेर बदल करे में लागल बाड़े. एहसे रेलवे के अधिकारियने का जिम्मा घटना के जानकारी लेबे आ बचाव कार्य के जिम्मेदारी सँउप दिहल गइल. बतावल जात बा कि इमरजेन्सी ब्रेक लगवला का चलते ई दुर्घटना भइल.


अगिला हफ्ता से गाजियाबाद से दिल्ली तक मेट्रो रेल

सोलह जुलाई से गाजियाबाद आ दिल्ली का बीच मेट्रो रेल सेवा शुरू कर दिहल जाई. उद्घाटन मुख्यमंत्री मायावती करीहें. पहिले ई सेवा नौ जुलाई से शुरु होखे वाला रहल बाकिर मेट्रो सुरक्षा आयुक्त से प्रमाण पत्र ना मिलला का चलते एकरा के एक हफ्ता टार दिहल गंइल.


सॉलिसिटर जनरल के इस्तीफा

देश के सॉलिसिटर जनरल गोपाल सुब्रह्मणियम काल्हु अपना पद से त्यागपत्र दे दिहले काहे कि कपिल सिब्बल का खिलाफ दायर मुकदमा में केन्द्र सरकार एगो निजी वकील के सेवा लेबे के फैसला लिहले बिया. सॉलिसिटर जनरल के एह पर आपत्ति बा काहे कि ई फैसला उनुका से राय लिहले बिना कइल गइल बा आ एहसे एह संवैधानिक पद के मर्यादा घटल बा. गोपाल सुब्रह्मणियम के मनावे के कोशिश हो रहल बा.


धोनी डेरा गइले आ मैच ड्रा हो गइल
वेस्ट इंडीज का साथे चल रहल तिसरका टेस्ट मैच काल्हु एह चलते ड्रा हो गइल कि कप्तान धोनी फैसला कइलन कि जीते खातिर ना खेल के ड्रा करे खातिर खेले के बा. एह तरह से एगो जीते लायक मैच कप्तान के गलत फैसला का चलते ड्रा हो गइल आ धोनी अतने से खुश बाड़न कि उनुका कप्तानी में एगो अउरी टेस्ट सीरीज जीत लिहल गइल. एह टेस्ट में भारत के जीते खातिर ४७ ओवर में १८० रन बनावे के रहल.


0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।