नोएडा के जमीन अधिग्रहण मामिला

काल्हु इलाहाबाद हाई कोर्ट के मुख्य न्यायाधीश एफ आई रिबेलो का निर्देश पर नोएडा आ ग्रेटर नोएडा के जमीन अधिग्रहण के सगरी मामिला अब एके साथ कोर्ट के एगो बड़हन खण्डपीठ सुनवाई करी. अगिला सुनवाई सतरह अगस्त के कइल जाई. एह बीच किसान आ नोएडा विकास प्राधिकरण आपसी समझौता कर सकेला. कोर्ट का एह निर्देश का बाद उमेद बनल बा कि शायद एह मामिला में कवनो बीच के राह निकल पाई. एक तरफ किसान अपना जमीन के अधिग्रहण का खिलाफ मुकदमेबाजी में लागल बाड़े त दोसरा तरफ लाखो लोग के जिनिगी भर के जमा पूंजी डूबे के डर हो गइल बा. ओह इलाकन में बने वाला लाखो फ्लैट खातिर लोग आपन जमा पूंजी लगा चुकल बा आ अब सगरी निर्माण पर रोक का बाद लोग के आपन पूंजी डूबे के डर सतवले बा. सरकार किसान के समुझावे में लागल बिया कि ऊ लोग कुछ अधिक मुआविजा ले के मान जाव जवना से कि बिकास के काम बेरोकटोक चल सके.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।