छिटपुट बरखा का बावजूद बाढ़ के बढ़ती

उत्तरप्रदेश में गंगा, घाघरा, शारदा, आ बूढ़ी गंडक नदियन के पानी लगातार बढ़ल जात बा. नरोरा, हरिद्वार, आ बाणगंगा बैराजन से ढेर पानी छोड़ला चलते संकट अउरी गहिरा गइल बा. बनारस में गंगा किनारे के मंदिर पाँच से छह फुट पानी में डूबल बाड़ी सँ आ आरती अब सीढ़ियन पर ना करके सड़क पर कइल जा रहल बा काहे कि कवनो सीढ़ी लउकत नइखे बाढ़ का पानी से.बलियो में गंगा नदी पूरा उफान पर बाड़ी आ कई जगहा एह पानी के सड़क पर बहे लागे के अनेसा हो गइल बा. गाजीपुर के निचला इलाकन में बाढ़ के पानी घुस चुकल बा. दोसरा तरफ कई दिन से बरखा ना होखला का चलते कुशीनगर में खेत में दरार पड़ गइल बा.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।