दू दिन से गायब बाड़न गोंडा के सीएमओ

गोंडा के सीएमओ डा॰ एस॰पी॰सिंह के पता नइखे लागत. उनुकर मोबाड़ल बंद बा. बतावल जात बा कि दू दिन पहिले यूपी के राजस्व राज्य मंत्री विनोद सिंह उनुका के जबरिया रात में आफिस ले गइलें आ अपना कुछ आदमियन के सविदा पर बहाल करवाए खातिर दबाव डललें. हालांकि विनोद सिंह एह बात से साफ इंकार करत बाड़ें. ओने डा॰ एस॰पी॰ सिहं के पता नइखे कि कहाँ बाड़ें. सरकार का तरफ से कहल जात बा कि एह प्रकरण के जाँच करावल जात बा आ डाक्टर से संपर्क करे के कोशिश होखत बा. बाकिर डाक्टर छूट्टी पर बाड़ें आ उनकर मोबाइल बद बा. डा॰ सिंह के परिवार के लोग उनका सलामति खातिर मनौती मानत बा.

जब से सपा सरकार आइल बिया तब से रा्ज्य के कानुन व्यवस्था बिगड़ल जात बा. आए दिन सत्ता पक्ष के सांसद, विधषायक मंत्रियन पर तरह के तरह के धींगामस्ती के आरोप लागत रहत बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।