जहरीला शराब से छपरा के दरियापुर आ डेरनी में पाँच जने मरलें

दरियापुर आ डेरनी थाना के गाँवन के पाँच लोग जहरीला शराब पियला का चलते मर गइल जबकि अनेके लोग के हालत खराब बा. मरे वालन के गिनिती बढ़े के पूरा अनेसा बा. घटना मंगल का दिने शराब पियला का बाद शुरू भइल. मंगल के रात में दू जने के मौत भइल त तीन जने बुध का रात में मरलें.
दुख के बाति बा कि एह घटना का बावजूद शराब कारोबारियन का दहशत का चलते केहु मुँह खोले के तइयार नइखे. ई लोग राजापुर मठिया का लगे शराब पियले रहुवे.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।