माथ पर के गमछा काम ना आइल


बिग बॉस के छठवाँ संस्करण में शामिल भइल भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ के पहिलके हफ्ता में निकाल बाहर कर दिहल गइल.

निरहुआ बिग बॉस का घर में बहुत अरमान से गइल रहलें. कहले रहलें कि ‘‘केतनो माडर्न कपड़ा पहिन लीं, पर ई गमछा हमेशा माथे पे रही’’. शुरू का दिने ‘‘हंटर’’ आ ‘‘चलाओ न नैनो के बाण’’ पर मोनालिसा संगे धमाकेदार परफौरमेंस दिहला का बाद निरहुआ सलमान खान के अपना रिक्शा के सवारी करवलें आ बाद में बंगला बोल के हक्का बक्का कर दिहलें. सलमान से बतियावत किरिया खइलें कि माथ पर गमछा हरदम रही काहे कि ई सीधे बतावेला कि ई आदमी यु.पी. बिहार वाला ह.

दुर्भाग्य देखीं कि बिग बॉस से बाहर निकालल जाए वाला ऊ पहिला प्रतिभागी बन गइलन आ शुक का रात उनुका के घर से बाहर के रास्ता देखा दिहल गइल. एह बीच निरहुआ अपने में मगन रहलें आ घर के बाकी सदस्यन से मेल जोल ना बढ़ा पवलें. चुप चाप दोसरे के देखत रहसु. पहिला हफ्ता बाहर निकालल जाए वाला सूची में निरहूआ के अलावा कार्टूनिस्ट असीम त्रिवेदी, मॉडल करिश्मा कोटक, हेयर स्टाइलिस्ट सपना भावनानी शामिल रहल लोग बाकिर गाज गिरल त निरहुआ का माथा पर.

लागत बा कि गमछा पसंद ना आइल बिग बॉस के.
पूरा खबर पढ़ी

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।