राहुल के प्रधानमंत्री बनवले बिना कहीं ना जइहें बेनी

केंद्रीय मंत्री बेनी प्रसाद वर्मा फेरू सपा प्रमुख मुलायम सिंह यादव पर निशाना साधत कहले बाड़न कि मुलायम के बस आपन आ अपना परिवार के फायदा चाहेला, समाजवाद से उनकर कवनो लेना देना नइखे. बेनी कहलन कि असल समाजवादी रहलें जवाहरलाल नेहरू आ उनकर बेटी इंदिरा गांधी अपना भविष्य का बारे में बतावत बेनी कहलें कि जबले राहुल के प्रधानमंत्री ना बनवा लीहें तबले कहीं हटीहें ना. कहलन कि कार्यकर्तन के चाहीं कि टूटे के पड़े त टूट जाव बाकिर नवे ना.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।