अपहरण का मामिला में मुखिया गिरफ्तार

सारण जिला के मुखिया संघ के जिला अध्यक्ष रह चुकल आ सोनबरसा के मुखिया दलन प्रसाद यादव के एगो औरत के अपहरण का मामिला में पुलिस गिरफ्तार कइले बिया.

करीब तीस साल पुरान एगो मुकदमा में झारखंड के लोहरदग्गा के नौवाडीह के चारवा उराँव आरोप लगवले रहलन कि उनुका बच्चियन के अपहरण कर लिहल गइल बा. जाँच का बाद पुलिस चार जने पर, जवना में दलनो यादव के नाम शामिल बा, एह मामिला के दोषी पवले रहुवे बाकिर दलन यादव फरार हो गइल रहलन. बाद में अपना बदले एगो दोसरा आदमी के समर्पण करा के जमानत लेबे के कोशिश कइलन बाकिर मामिला खुल गइल आ ओह आदमी के जेल भेज दिहल गइल.
कोर्ट तब पिछला साल दलन यादव के गिरफ्तारी के वारंट जारी कइले रहुवे. ओही मामिला में अब शनिचर का दिने पुलिस दलन के गिरफ्तार कर के झारखंड पठा दिहलसि.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।