छहजने के उमिर कैद के सजा मिलल

राजू सिंह उर्फ चुन्नू सिहं के हत्या का मामिला में बक्सर के एडीजे अदालत छह गो अपराधियन के उमिर कैद के सजा सुना दिहलसि. एह लोग पर पाँच पाँच हजार रुपिया के जुरमानो लगावल गइल बा. जुर्माना ना दिहला पर एक साल अउरी सजा भुगते पड़ी.

साल २००४ में दीवान के बड़का गाँव के राजू सिंह उर्फ चुन्नू सिंह के हत्या ई लोग कर दिहले रहुवे.

0 Comments

Recent Posts