देश के मंदी के असर बिहारो में लउके लागल

बिहार के उपमुख्यमंत्री आ वित्त मंत्री सुशील कुमार मोदी कहलन कि देश के मंदी के असर बिहारो में लउके लागल बा. पिछला साल वाहन बिक्री के रफ्तार में कमी आइल बा हालांकि एह कमी का बावजूद परिवहन विभाग अधिका टैक्स वसूले में सफल रहल बा. बतवलन कि एह साल टैक्स वसूली पिछलो साल से अधिका रही काहे कि चेकपोस्टन पर पिछला साल से बयालिस फीसदी अधिका टैक्स वसूली हो रहल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *