लालू राबड़ी तेजस्वी तेज प्रताप आ मीसा के परिवर्तन रैली

बिहार के राजधानी पटना में आज राजद आपन परिवर्तन रैली निकलसि. एह रैली से लालू प्रसाद अपना रैलियन के रिकार्ड खुदे तूड़ दिहलन. दावा बा कि दस लाख से अधिका लोग एह रैली में शामिल भइल. रैली में शामिल होखे खातिर आवे वाला लोगन ला राजद तेरह जगह से रेलगाड़ियन के इंतजाम कइले रहुवे.

एह रैली के बहाने लालू प्रसाद अपना दू गो बेटा तेजस्वी आ तेज प्रताप के अउर बेटी मीसा यादव के राजनीति में उतारे के रास्ता बना दिहलन. जब जेल जाए के मौका आइल रहे त अपना जगहा अपना बीबी राबड़ी देवी के कुरसी पर बइठा गइल रहलें. बाकिर दू गो सार उनकर सगरी बाजार खराब कर दिहलें. अब बुद्धि खुलल लागत बा आ अब अपना बेटा बेटियन के राजनीति में उतार के आपन खानदानी कब्जा राजद पर बनवले राखे के राह तय कर दिहलन लालू.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।