लालु के अपील पर सुप्रीम कोर्ट सीबीआई से जवाब मँगलसि

बिहार झारखंड के बहुचर्चित चारा घोटाला के आरोपी लालू प्रसाद सुप्रीम कोर्ट से गोहार कइले बाड़न कि उनका मामिला के सुनवाई करत सीबीआई जज के बदल दिहल जाव काहे कि मौजूदा जज बिहार के शिक्षा मंत्री पी के शाही के रिश्तेदार हउवन आ एह चलते उनका खिलाफ फैसला सुना सकेलें. हाई कोर्ट एह बाबत लालू के अपील नकार दिहले रहुवे त लालू प्रसाद सुप्रीम कोर्ट चल गइलें. अब सुप्रीम कोर्ट सीबीआई के संबंधित न्यायालय के कहले बिया कि जब ले एह बारे में फैसला नइखे हो जात तबले फैसला मत सुनावें.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।