पटना के रविन्द्र भवन में बिहार भोजपुरी अकादमी के पैंतीसवा सालगिरह
-

अतवार का दिने पटना के रविन्द्र भवन में बिहार भोजपुरी अकादमी के पैंतीसवा सालगिरह बहुते धूमधाम से मनावल गइल. एह मौका पर भइल सांस्कृतिक कार्यक्रम में मालिनी अवस्थी, भरत शर्मा व्यास, मनोज तिवारी आ मारीशस से आइल हुसीला देवी रिसॉल के कार्यक्रम के लोग मंत्रमुग्ध होके देखल सुनल.

एह आयोजन में भाग लेबे खातिर देश विदेश से लोग आइल रहुवे. तेइस गो भोजपुरी सेवी लोग के एह कार्यक्रम में सम्मानित कइल गइल जवना में गणितज्ञ वशिष्ठ नारायण सिंह, लेखक अक्षयवर दीक्षित, अरुणेश नीरन, भाईजी भोजपुरिया बीएन तिवारी, मारीशस के डा॰ सरिता बुधु, भरत शर्मा व्यास, मालिनी अवस्थी, मनोज तिवारी, मारीशस के गिरिजानंद सिंह बिसेसर, इंगलैंड के लोक सहदेव वगैरह शामिल रहलें.

कार्यक्रम के उद्घाटन बिहार के राज्यपाल डीवाई पाटिल कइलन. आ कार्यक्रम के आखिर में भोजपुरी अकादमी के अध्यक्ष प्रो॰ रविकान्त दुबे धन्यवाद भाषण दिहलन.

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..