मंगल का दिने हो हल्ला का बीच गाजीपुर जिला के सैदपुर नगर पंचायत के बोर्ड बइठल आ ३६३ लाख के बजट पास कइलसि. एह बजट में बूढ़ेनाथ महादेव मंदिर, सैदपुर ईदगाह, आ संगत घाट के सुन्दरीकरण के अलावा अनेके काम खातिर प्रस्ताव पास कइल गइल.
दू गो सभासद एह बइठक के बहिष्कार कइलन. एह लोग के माँग रहे कि पहिले पुरनका काम के हिसाब दिहल जाव तब नयका काम के बात होखे.
0 Comments