पिपराइच में एके जमीन के दू गो दावेदार से बवाल के हालात

गोरखपुर के पिपराइच कस्बा के एगो जमीन के एक पक्ष रामलीला मैदान बतावत बा त दोसरका पक्ष ताजिया मिलन स्थल. पहिले से लगावल रामलीला मैदान के बोर्ड के दुसरका पक्ष उखाड़ के फेंक दिहलसि आ ओह जगहा ताजिया मिलन के बोर्ड लगा दिहलसि. जब एह मामिला के जानकारी सदर सांसद योगी आदित्यनाथ के भइल ऊ दखल दिहलन आ पुलिस जा के ताजिया मिलन वाला बोर्ड हटा दिहलसि. अब पुलिस आ प्रशासन हरान बिया कि एह मामिला के कइसे सलटावल जाव.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।