भोजपुरी अकादमी खोले के माँग

बनारस हिन्दु विश्वविद्यालय के भोजपुरी अध्ययन केन्द्र के संस्थापक समन्वयक प्रोफेसर सदानंद शाही प्रदेश के मुख्यमंत्री के चिट्ठी भेज माँग कइले बाड़न कि बिहार, दिल्ली, आ मध्यप्रदेश का तरह अब उत्तरो प्रदेश में भोजपुरी अकादमी खोले के चाहीं. लिखले बाड़न कि भोजपुरी आजु देश दुनिया में बड़हन पैमाना पर बोलल जात बिया आ भोजपुरी भाषा, साहित्य, संगीत आ कला का क्षेत्र में बहुते बढ़िया उभार आइल बा. देश में अनेके विश्वविद्यालयन में भोजपुरी भाषा केन्द्र स्थापित भइल बाड़ी सँ. अइसना में उत्तर प्रदेशो के सरकार के चाहीं कि एह राज्य में भोजपुरी अकादमी के स्थापना जल्दी से जल्दी कर दिहल जाव. ई बात समाजवादी आन्दोलन के पुरनिया लोहियो जी का विचार का हिसाब से ठीक रही काहे कि लोहियो जी चाहत रहनी कि लोक भाषा के बढ़ावा दिहल जाव.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।