सेकूलर सरकारन का लगे शहीदन खातिर समय नइखे

अपना वोट बैंक का फिकिर में लागल नीतीश भा उनुका कवनो मंत्रियन लगे समय नइखे कि उ देश पर शहीद होखेवाला सैनिकन खातिर समय दे सकसु. ना त केहू हवाई अड्डा पर चहुँपल ना केहू ओह लोग का घरे ना केहू अंतिम संस्कार में चहुँपल. धिक्कार बा अइसन राजनीतिक सोच के जवन अपना शहीदन के जायज सम्मान ना दे सको.

जम्मू-कश्मीर के पुंछ इलाका में पाकिस्तानी सेना के हमला में शहीद भइल बिहार के चारो जवानन के देह ओह लोग का गाँवे आइल त सरकार के कवनो प्रतिनिधि भा सत्तारुढ़ दल के कवनो प्रतिनिधि ना त हवाई अड्डा पर लउकले ना गाँव पर ना घाट पर. एह जवानन में छपरा के प्रेमनाथ सिंह, बिहटा के विजय राय, भोजपुर के शंभु शरण सिंह, आ छपरे के रघुनंदन शामिल रहलें. भगवान एह लोग के आत्मा के शांति देसु आ परिवार बालन के धैर्य कि एह बिपति के सामना कर सके लोग.

दुख के बात इहो बा कि देश के प्रधानमंत्री, सत्ता दल के नेत्री भा कवनो केंन्द्रीय मंत्रियो का मुँह से एक शब्द एह लोग खातिर ना निकलल. सभे के चिंता लागल बा अपना वोट बैंक के, आ एही चलते पाकिस्तानो के नाम लेबे में ओतने दिक्कत होखत बा जतना कवनो हिंदू सधवा के अपना भतार के नाम लिहला में होखेला.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।