सु्प्रीम कोर्ट खारिज कर दिहलसि मायावती पर फेर से मुकदमा खोले के याचिका

उत्तर प्रदेश की पूर्व मुख्यमंत्री आ बसपा सुप्रीमो मायावती का खिलाफ आमदनी से अधिका के संपति होखे के मुकदमा फेर से खोलवावे के याचिका सु्प्रीम कोर्ट में खारिज हो गइल. एह फैसला का बाद मायावती के बहुते राहत मिलल होखी बाकिर अब कांग्रेस खातिर समस्या पैदा हो सकेला काहे कि अब मायावती के अंकुसा लगावे लायक कवनो मुकदमा नइखे ओकरा लगे. ई बड़ा अचरज के बात बावे कि एक दोसरा से लगातार प्रतिद्वन्द्विता करत बसपा आ सपा दुनु केन्द्र सरकार के समर्थन में बाड़ी सँ. अब उमेद कइल जा सकेला कि केन्द्र सरकार के परेशानी बढ़े के समय आ गइल बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..