बलिया में गंगा के पानी फेरु बढ़ल

पिछला कुछ दिन के कमी का बाद काल्हु बलिया में गंगा नदी के पानी फेरु बढ़े लागल बा. पिछला परसों से काल्हु का बीच पानी छतीस सेंटीमीटर चढ़ल बा. घाघरा आ टोंस नदियनो में पानी बढ़े लागल बा. बलिया बैरिया नेशनल हाइवे का दक्खिन बसल गाँवन में बाढ़ के पानी घुस गइल बा. भुसौला घाट का लगे कटान तेज हो गइल बा. शिवमंदिर त कटिए चुकल रहुवे अब मंदिर पर लागल बरगद के पेड़ो कटान के शिकार हो गइल बा.

0 Comments

Recent Posts