देश भर में दंगा आ आन्दोलन भड़के बात कहलन मुलायम सिंह

बुध का दिने संसद में आरक्षण का मुद्दा पर सुप्रीम कोर्ट के फैसला के विरोध करत सपा मुखिया मुलायम सिहं यादव कहलन कि अगर फैसला बदलल ना गइल त देश भर में दंगा आ आन्दोलन भड़क जाई. सुप्रीम कोर्ट एगो याचिका पर फैसला देत सुपरस्पेशिलिटी में आरक्षण के गलत बतावत रद्द कर दिहले बावे. एही फैसला का विरोध में संसद में सगरी दल एकजुट हो गइलें आ सरकार कहलसि कि जरूरत पड़ी त एह ला संविधान में संशोधन कर दिहल जाई.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *