झंडा फहरावे का झगड़ा में एक आदमी मरल डेढ़ दर्जन लोग घवाहिल

रोहतास जिला के शिवसागर इलाका के बड्डी गांव में बियफे का दिने झंडा फहरावे का झगड़ा मे दू गो गुट में भिड़न्त हो गइल. एह झगड़ा में एक आदमी के मौत हो गइल आ डेढ़ दर्जन लोग घवाहिल हो गइल. चार आदमी के हालत बहुते बिगड़ गइल त ओह लोग के पटना रेफर कर दिहल गइल. झगड़ा गाँव के शहीद निशान सिंह स्मारक स्थल पर झंडा फहरावे के ले के भइल. बवाल का जगहा पर तीन गो थाना के पुलिस लगावल गइल बिया आ एह मामिला में कुछ लोग के गिरफ्तार कर के पुलिस हालात काबू में कर लिहले बिया.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।